🌹वर्षा परत रहे भारी🌹
🏖️🏖️🏖️🏖️🏖️🏖️🏖️🏖️
गीत:-कुमार अजय सिंह
9934483155
आज त दिन भर सबेरहीं से बरखा परत रह गईल भारी
जाऐ के रहे गांव पर ना जा पवनी बईठल रह गईनी होके तईयारी
01.ताकत ताकत कि अब छुटी वर्षा अतने में हो गईल दुपहरिया
केवाड़ी खोल के झकनी त घाटा घेरले बड़ुऐ अबही तकले करीया
अब का करिं कईसे जाई मनवा के कसहूं मनवनी बरियारी
जाऐ के रहे गांव पर बईठल रह गईनी होके तईयारी
02.ऐही बीचे लाखन सिंह के झारखंड से फोन आ गईल झटके
कहलन कि विधायक जय मंगल सिंह के शादी साल गिरह पर आजे मिटींग कराद टटके
हमहू सोचनी चल आज के रोजगार मिलीऐ गईल बईठला से निमन बेगारी
जाऐ के रहे गांव पर ना जा पवनी बईठल रह गईनी होके तईयारी
03.का करब ऐह जीवन से अब गीत कविता समाज सेवा मीटिंग सिटिंग ना छुटी
चाहे दुनिया भाड़ में जाए ईहे हो गईल बा अब जीऐ खातिर संजीवन बुटी
"अजय"आरा शहर में घेराईल रहले जहवा एगो पशु आहार बिजनेस के हवे छोट व्यापारी