🌷योग दिवस🌷
🧘🧎🧍🚶🏃🏋️⛹️🤾
कुमार अजय सिंह 9934483155
🙏🙏🙏🙏🙏🙏
समय निकाल के योग दिवस पर चली चलके कुछ योग करी
सुखमय जिन्दगी जीए खातिर आईल समय के उपयोग करी
01.होत सबेरे घूमी फिरी पीही सुसुम पानी
ऐह जीवन के लक्ष्य बड़हन बा समय के पहचानी
अपना खातिर अपने हाथे तन मन से उतयोग करी
समय निकाल के योग दिवस पर चली चलके कुछ योग करी
02.अनुलोम-विलोम कपाल भारती अवरु करि दू चार गो आसन
ऐह शरीर के स्वस्थ राखी ना त रोगवे बनी दुस्सासन
ई दुनिया ह माया के नगरी चिन्ता छोड़ी मत कवनो सोग करी
समय निकाल के योग दिवस पर चली चलके कुछ योग करी
03.बाबा आजी चाचा चाची हित
मित्र सुनी भईया
हंस खेल के समय बिताई ऐही में बा भलईया
राम रहीम अल्लाह गुरु के कृपा जान के जवन मिले ऊ उपभोग करी
समय निकाल के योग दिवस पर चली चलके कुछ योग करी
04.व्याम करि खूब काम करि समय पर खान पान स्नान करि
कहस " अजय " निहोरा कके सपरे त पूजा पाठ आऽ कुछ दान करि
भाव भगवान के भोग ह मिली शान्ति
देहिया के निरोग करी
समय निकाल के योग दिवस पर चली चलके कुछ योग करी